
आजमगढ़: सुंदर अउर सगरी सुविधा वाला महानगर बनावे के संकल्प से प्रभावित हो के राष्ट्रीय कला सेवा संस्थान आजमगढ़ (उत्तर प्रदेश) भारत के तत्वाधान में अंतरराष्ट्रीय भोजपुरी संगम भारत द्वारा मुख्य संरक्षक एवं प्रभावशाली महापौर डॉ. मंगलेश कुमार श्रीवास्तव के ‘गौरवशाली पूर्वांचल सम्मान-2026’ से अभिनंदित कइल गइल। एह सम्मान में अंतरराष्ट्रीय संयोजक अरविंद चित्रांश, प्रभारी ज्योति प्रकाश, राजेश कुमार, गोरखपुर वार्ड नंबर 46, शक्ति नगर के पार्षद आशा देवी एवं पूर्व पार्षद चंद्र प्रकाश श्रीवास्तव आदि लोग उपस्थित रहलें।
गौरवशाली पूर्वांचल के प्रधान संपादक एवं प्रभारी अरविंद चित्रांश कहलें कि रउरा के नेतृत्व में गोरखपुर नगर निगम,विकास के काम के नया ऊँचाई तक ले गइल बा। पिछला तीन बरिस में शहर के साफ-सुथरा, सुंदर अउर सगरी सुविधा वाला महानगर बनावे के संकल्प के बड़ा तेजी मिलल बा। गोरखनाथ बाबा के नगरी अब चमक रहल बा। सड़क, सफाई, रोशनी, पानी,हर क्षेत्र में काम जबरदस्त हो रहा है। स्वच्छ गोरखपुर, सुंदर गोरखपुर के सपना महापौर डॉ. मंगलेश श्रीवास्तव के मेहनत से साकार हो रहल बा।